रेल गाड़ी
-----------------
देखा देखा रे जवनवा
आ गईले मन मोहिनिया
रेल
इंजन ईमा लागल
विदेसी
गावत गीत सदा
स्वदेसी
देस नीत माँ सदा
इ बहके
एफ डी आई सौगात दईके
खेलें पैसे पैसे का
खेल
देखा देखा रे जवनवा
आ गईले मन मोहिनिया
रेल
घर का पैसा घरवा
न राखे
विदेसी बैन्कन मा
रखे छुपा के
दावा हा ईमानदार
सरकरिया
पूछिला चाहें बीच
बजरिया
बन्दर बाँट का खेलें
खेल
देखा देखा रे जवनवा
आ गईले मन मोहिनिया
रेल
ऐ जी ओ जी सब
कोई सुनो जी
सी. बी. आई.- सी. ऐ. जी . से न
डरो जी
मंत्री इनके साफ़
सुघड़ हैं
प्रज्ञा वान मगर
चकड़ हैं
टू जी खेलत खेलत
पहुंचे जेल
देखा देखा रे जवनवा
आ गईले मन मोहिनिया
रेल
देसवा तो ई पहिले
बटइले
धरम जाति पर
सबका लड़इले
लूटो खाओ इनका दीन
धरम है
त्रस्त जनता पर टूटत
न भरम है
शुरू कई दी न्हींन
आरक्षण का खेल
देखा देखा रे जवनवा
आ गईले मन मोहिनिया
रेल
No comments:
Post a Comment